Slide 1
Slide 1
भोजपुरीसाहित्य

गाँव के थाती के मिलल जगन्नाथ सिंह पुरस्कार

गाँव के थाती के मिलल जगन्नाथ सिंह पुरस्कार
भोजपुरी में लिखल हमार किताब #गाँव के #थाती वास्तव में एगो भोजपुरिया खातिर खेत-खरिहान,बाग बगइचा,किसानी, गाँव-गिराँव के संस्कृति, संस्कार, रहन-सहन के बारे में पुरनकी पीढ़ी के जाने खातिर बहुत बड़ आधार हवुए। एह किताब में अइसन अइसन गूढ़ बातन के सब्दन के मोती में पिरोवल गइल बाटे कि नवका लोग इहे बूझी कि ई कवनो कोरा कल्पना कइल गइल बाटे लेकिन ई हकीकत बाटे। एह किताब के हम नइखे लिखले बलुक साक्षात माई सुरसती आ महादेव के किरिपा से लिखाइल बाटे। परम आदरणीय डाॅ श्री #ब्रजभूषण मिश्र जी( भूमिका),आशीर्वाद,आदरणीय डाॅ श्री जयकांत सिंह जी के आशीर्वाद आदरणीय श्री पराग जी (शुभकामना संदेश), आदरणीय डाॅ श्री चन्द्रेश्वर जी (शुभकामना संदेश), डाॅ राणा अवधूत कुमार जी त बहुते योगदान बाटे।
पटना ,13 अक्टूबर, 2025,
अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन  के अमनौर , सारन , बिहार में आयोजित  होखे वाला २८ वां अधिवेशन (२८-२९ नवम्बर २०२५) में दिहल जाये वाला साहित्यिक-सांस्कृतिक सम्मान/पुरस्कारन के  घोषणा कर दिहल गइल बा। सम्मेलन के सम्मान/पुरस्कार चयन-समिति के पटना में सम्पन्न बैठक में लिहल गइल सर्वसम्मत निर्णय के अनुसार…….जगन्नाथ सिंह पुरस्कार ‘(विविध/1988 से नाटक हेतु)-‘गाँव के थाती’-राम बहादुर राय( बलिया,उ०प्र)को। उक्त जानकारी ‘अ० भा० भो० सा० स० ‘ के  प्रवर समिति के संयोजक आदरणीय श्री भगवती प्रसाद द्विवेदी जी दिहले बानी।उहां के अनुसार सम्मेलन के अमनौर , सारन,बिहार में आयोजित होखे वाला अठाइसवाँ अधिवेशन में पुरस्कार/सम्मान, प्रमाण पत्र,अंगवस्त्र, पुरस्कार- राशि एवं स्मृति-(चिह्न सहित प्रदान दिहल जाई।पुरस्कार/सम्मान प्राप्त करे वाला साहित्यकार/कलाकार लोगन के सम्मेलन के अध्यक्ष आदरणीय डाॅ.ब्रजभूषण मिश्र, कार्यकारी अध्यक्ष आदरणीय श्री महामाया प्रसाद विनोद,महामंत्री आदरणीय डाॅ श्री जयकांत सिंह’जय’,कोषाध्यक्ष-आदरणीय श्री जितेन्द्र कुमार सहित सब पदाधिकारी आ वरिष्ठ साहित्यकार लोगन के बहुत बहुत धन्यवाद। सादर आभार।
सादर प्रणाम
                    

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button